पञ्चराम माैर्य
रूपन्देही
माैर्य सेवा समाज रूपन्देही के आयाेजन मे असाेज १५ गते शनिवारके दिन रूपन्देही के मझगावां मे शुभकामना अदानप्रदान कार्यक्रम भव्य अवर सभ्य रूपसे सम्पन्न भइल ।
रूपन्देहीके मर्चवार स्थित मर्चवार आदर्श माध्यमिक विद्यालयके सभाहलमे बुधराम मुरावके अध्यक्षता तथा नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज नवलपरासीके जिल्ला अध्यक्ष एवम वरिष्ठ पत्रकार वृजराज कुशवाहा के प्रमुख आतिथ्यतामे माैर्य सेवा समाज के पुनर्गठन भी कइल गइल ।
प्रमुख अतिथी कुशवाहा एक दुसरेसे सहकार्य कइके आगे बढल जरूरी रहल बतावल गइल । माैर्य लाेगके उत्थान खातिर आर्थिक, सामाजिक, धार्मिक, साँस्कृतिक, राजनीतिक पक्षके मजबुत बनावेके आवश्यकता पर जाेड दिहल गइल । कार्यक्रममे पशुपति माैर्य, सीताराम माैर्य, सुनिल माैर्य, श्रीराम माैर्य, सुग्रीम माैर्य, हनुमान मुराव, विष्णु माैर्य, पञ्चराम माैर्य, रामजीवन माैर्य, घनश्याम माैर्य, छेदी मुराव लगायतके दर्जनाे माैर्यवंशी लाेग माैर्य जातिके हक हित, उत्थान खातिर आपन बात रखले रहलँ ।
माैर्य सेवा समाज के नयाँ गठित कार्यसमिति के अध्यक्ष श्यामसुन्दर माैर्य, उपाध्यक्ष सुनिल माैर्य आ मञ्जु कुमारी माैर्य, सचिव महेश्वर माैर्य, सहसचिव पशुपति माैर्य, काेषाध्यक्ष छेदी माैर्य, सदस्य प्रलय माैर्य, राजेश माैर्य, छाेटकान प्रसाद माैर्य, रामकुमार माैर्य, विजय कुमार माैर्य, हिमाल माैर्य, हनुमान माैर्य, अयाेध्या माैर्य, विष्णु माैर्य, सीताराम माैर्य, प्रमशीला माैर्य, श्रीराम माैर्य चयन कइल गइलँ । सल्लाहकारमे बुधिराम मुराव आ जगनारायण मुराव जी चयनीत भइल । कार्यक्रम बहुत हि सभ्य भव्य आ सफल रूपसे सम्पन्न भइल । आगामी दिनमे भी इमान्दारी, कर्तव्यनिष्ठ रूपसे संगठनके आगे बढावे खातिर नव चयनीत लाेग प्रतिबद्धता व्यक्त कइलँ । नव गठित समितके टिका लगाके स्वागत प्रमुख अतिथि कुशवाहा कइले रहलँ आ सफल कार्यकालके शुभकामना भी व्यक्त कइले रहलँ । कार्यक्रम काफी उत्साहबर्द्धक रूपसे सम्पन्न भइल रहे ।
कार्यक्रममे स्वागत मनतव्य मञ्जु माैर्य दिहले रहलिन् आ कार्यक्रमके सञ्चालन महेश्वर माैर्य जी कइले रहलँ । कार्यक्रमके पहिला सत्र शुभकामना आदान प्रदान रहल अउर दुसरा सत्र जिल्ला कार्यसमितिके पुनर्गठन रहल । २०५५ से २०७९ तक जिल्ला समितिके अध्यक्ष पदमे रहल बुधराम मुराव जी राजीनामा देहलँ आ नयाँ समितिके चयन खातिर अनुराेध कइलँ । दुसरा सत्रमे नयाँ जिल्ला कार्य समिति गठन कइल गइल ।


कार्यक्रममे काेटहीमाई गा.पा., मर्चवारी गा.पा., सम्मरीमाई गा.पा., राेहिणी गा.पा., ओमसतिया गा.पा., लुम्बिनी साँस्कृतिक न.पा., देवदह न.पा., सिद्धार्थनगर न.पा., सैनामैना न.पा. लगायतके पालिकासे काफी माैर्यवंशी लाेग कार्यक्रममे सामिल भइल रहलँ । कार्यक्रमके प्रमुख अतिथि , विशिष्ट अतिथि लुम्बिनी साँस्कृतिक न.पा.के शिक्षक श्यामसुन्दर माैर्य जी, विशिष्ट अतिथि नवलपरासी के सुरेन्द्र कुशवाहा जी रहलँ ।
कार्यक्रममे माैर्य लाेगके उत्थानके खातिर आवश्यक प्रयास हर तह तप्कासे जरूरी रहल आकलन गइल ।





