रूपन्देही जिल्लाके मायादेवी गापा शुक्राैलीमे अवस्थित लक्ष्मीनारायण सभाहलमे मुक्तिनारायण मुरावके अध्यक्षता तथा नेपाल कुशवाहा कल्याण समाज नवलपरासीके जिल्ला अध्यक्ष एवम वरिष्ठ पत्रकार वृजराज कुशवाहा के प्रमुख आतिथ्यतामे माैर्य सेवा समाज द्वारा शुभकामना आदानप्रदान कार्यक्रम सनिवार सम्पन्न भइल।
प्रमुख अतिथी कुशवाहा एक दुसरे से सहकार्य कइके आगे बढल जरूरी रहल बतवलँ । रूपन्देही जिल्लाके हर पालिकामे पालिकास्तरीय कार्यसमिति गठन कइल जरूरी बा बतइलेँ । हर माैर्यवंशी अपने भितरके रीस, राग, द्वेश, इर्ष्या त्यागके समाजके उत्थान खातिर प्रतिबद्ध हाेवे खातिर अनुराेध कइलेँ ।
माैर्य जातिके समृद्धि खातिर सहकारी संस्था अति आवश्यक रहल जिल्ला सदस्य पशुपति मुराव जी जानकारी करवलेँ । जिल्ला भरके माैर्यवंशी लाेगके वास्तविक तथ्याङ्क संकलन करे खातिर जल्द ही सफ्टवेयरके निर्माण करावे खातिर प्रतिबद्धता भी व्यक्त कइलेँ । आगामी माैर्य सेवा समाजके कार्यक्रममे महिला उपस्थितिके संख्या बढावे खातिर भी विशेष जाेड दिहलेँ ।
लुम्बिनीके मायादेवी मन्दिरके पश्चिममे रहल अशाेका पिलरके उत्तर बगल रहल पहिलका शिलालेख जवनमे सम्राट अशाेक माैर्य के इतिहास नेपाली आ अंग्रेजी भाषामे विस्तृत रुपसे रहल ओके हटाके अब छाेटवार लेखमे केवल राजा अशाेक मात्र कहिके सम्बाेधन हजाराें माैर्यवंशीके भावना के ठेस पहुँचावेवाला काम लुम्बिनी विकासकाेषके व्यवस्थापन पक्षद्वारा कइल गइल बात पञ्चराम माैर्य जी उठवलेँ । जवन काम सम्राट अशाेक माैर्य भगवान गाैतम बुद्ध आ बुद्ध धर्मके प्रचार प्रसार हेतु याेगदान देहले बाटेँ ओनके जाति शिलालेखसे हटावेवाला काम निन्दनीय रहल बतवलेँ ।
बुद्ध जन्मस्थल के विवाद भारत/नेपाल कवन हाे जब उठल तब पुरातत्वविद् द्वारा सम्राट अशाेक माैर्यके द्वारा नेपालके लुम्बिनीमे स्थापित कइल अशाेका पिलर ही निर्णायक रहल । माैर्य जातिके पहिचान खातिर ऊ शिलालेख एक मजबुत आधार रहल वहीके नाते उ पुरनका शिलालेख पुनर्स्थापित करे खातिर सम्बन्धित पक्षसे बातचीत करेके माैर्य सेवा समाज आगे आवेक परल बतवलेँ। साथे एकतामे बल रहल भी बतवलेँ । साथे ICT से कनेक्ट हाेवे खातिर आ सुचना सम्प्रेषण खातिर हर पालिकास्तरीय म्यासेन्जर ग्रुप/ह्वाट्सअप ग्रुप बनाके कार्यान्वयनमे लाइल जरूरी रहल जाेड दिहलेँ ।

कार्यक्रममे काेटहीमाई गा.पा., मर्चवारी गा.पा., सम्मरीमाई गा.पा., राेहिणी गा.पा., ओमसतिया गा.पा., लुम्बिनी साँस्कृतिक न.पा., देवदह न.पा., सिद्धार्थनगर न.पा., सैनामैना न.पा. लगायतके पालिकासे एक सय माैर्यवंशी लाेग कार्यक्रममे सामिल भइल रहलँ । कार्यक्रमके विशिष्ट अतिथि माैर्य सेवा समाज जिल्ला कार्यसमिति अध्यक्ष श्यामसुन्दर माैर्य जी, विशिष्ट अतिथि पूर्व जिल्ला अध्यक्ष बुद्धिराम मुराव जी रहलँ ।
कार्यक्रममे माैर्य लाेगके उत्थान आ पहिचान खातिर आवश्यक प्रयास हर तह तप्कासे जरूरी रहल बतावल गइल ।
माैर्य लाेगके उत्थान खातिर आर्थिक, सामाजिक, धार्मिक, साँस्कृतिक, राजनीतिक पक्षके मजबुत बनावेके आवश्यकता पर जाेड दिहल गइल । कार्यक्रममे पञ्चराम माैर्य, पशुपति माैर्य, सीताराम माैर्य, सुनिल माैर्य, श्रीराम माैर्य, हनुमान मुराव, मञ्जु माैर्य, घनश्याम मुराव, छेदी प्रसाद माैर्य, गाेरख मुराव, अवधराम माैर्य, विक्रम माैर्य, बुद्धिराम मुराव, श्याम सुन्दर माैर्य, वृजराज कुशवाहा, लगायतके दर्जनाे माैर्यवंशी लाेग माैर्य जातिके समृद्धि आ उत्थान खातिर आपन-आपन बात रखले रहलँ । कार्यक्रम बहुत हि सभ्य भव्य आ सफल रूपसे सम्पन्न भइल । कार्यक्रम काफी उत्साहबर्द्धक रूपसे सम्पन्न भइल रहे ।
कार्यक्रममे स्वागत मनतव्य श्रीराम माैर्य दिहले रहलँ आ कार्यक्रमके सञ्चालन महेश्वर माैर्य जी कइले रहलँ ।





